राम जी से पूछें जनकपुर की नारी बतादे बबुआ लोगवा देत काहे गारी बतादे बबुआ
ये बूढ़े बाबा की ये बूढ़े बाबा की पकल पकल दाढ़ी , देखन में पातल दूबर देखन में पातल दूबर खायें भर थाली बतादे बबुआ लोगवा देत काहे गारी बतादे बबुआ
राजा दशरथ जी कइलन होशियारी राजा दशरथ जी कइलन होशियारी , एकल पुरुष पे एकल पुरुष पे तीन तीन जो नारी बतादे बबुआ लोगवा देत काहे गारी बतादे बबुआ
तोहरा से पूछूं मैं ओ धनुष धारी तोहरा से पूछूं मैं ओ धनुष धारी , एक भाई गोरे काहे एक भाई गोरे काहे एक भाई कारे बतादे बबुआ लोगवा देत काहे गारी बतादे बबुआ
कहथिन स्नेहलता मन में बिचारी कहथिन स्नेहलता मन में बिचारी , हम सब लगैछी पाहून सरहज सारी बतादे बबुआ लोगवा देत काहे गारी बतादे बबुआ
Nice
ReplyDelete